शुक

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
शुक्र ग्रह के फोटो
कई सारा संस्कृति सभ में ई दिन शुक्र ग्रह के साथे जोड़ल जाला

शुक भा शुक्रवार सप्ताह के सात दिन में से एगो दिन हवे जे बियफे के बाद आ शनीचर से पहिले पड़े ला। जवना देस सभ में सोमार के हप्ता के पहिला दिन मानल जाला, ई पाँचवाँ दिन हवे; जहाँ अतवार के पहिला दिन मानल जाला उहाँ ई छठवाँ दिन हवे।

भोजपुरी नाँव शुक या सुक, संस्कृत में शुक्रवार के छोट रूप हवे। भारतीय आ नेपाली हिसाब से एह दिन के शुक्र ग्रह के आधार पर नाँव रखल गइल हवे।

अंग्रेजी में एकरा के फ्राइडे (Friday) कहल जाला। ई शब्द पुरान अंग्रेजी भाषा के Frīġedæġ से निकलल हवे जेकर अरथ होला Frigg के दिन। अंग्रेजी में Frigg के अरथ देवी वीनस से लिहल जाला; इनही वीनस के नाँव पर अंग्रेजी में शुक्र ग्रह के भी नाँव रखल गइल हवे।

धार्मिक सांस्कृतिक

[संपादन करीं]

हिंदू धरम में ई देवी के पूजा के दिन मानल गइल हवे आ दुर्गालक्ष्मी के पूजा एह दिन के कइल जाला।

इस्लाम में शुक के जुमा या जुम्मा के रूप में मनावल जाला आ एह दिन के नमाज के ख़ास महत्व हवे। इस्लाम माने वाला देसन में ई छुट्टी के दिन होला, जइसे ईसाई धरम वाला देसन में या अंग्रेजी राज के अधीन रहल देसन में अतवार के छुट्टी मनावल जाला ओही तरे।

ईसाई धर्म में ईस्टर के तिहवार से पहिले वाला शुक के ईसा मसीह के सूली पर चढ़ावे के इयाद में गुड फ्राइडे के रूप में मनावल जाला।